लाल आडवाणी : भाजपा के वरिष्ठ नेता लाल आडवाणी अस्पताल में भर्ती, अपोलो अस्पताल में इलाज चल रहे।
एलके आडवाणी के नियमित जांच खाती अपोलो अस्पताल पहुंचावल गईल। फिलहाल उ डॉक्टर के देखरेख में बाड़े अवुरी उनुकर हालत स्थिर बा। एह साल के शुरुआत में भी अगस्त महीना में आडवाणी के अपोलो अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे।

भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी के तबियत खराब हो गइल बा जवना का बाद उनुका के दिल्ली के अपोलो अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक एलके आडवाणी के नियमित जांच खाती अपोलो अस्पताल पहुंचावल गईल। फिलहाल उ डॉक्टर के देखरेख में बाड़े अवुरी उनुकर हालत स्थिर बा। एह साल के शुरुआत में भी अगस्त महीना में आडवाणी के अपोलो अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। जुलाई में भी देश के गृहमंत्री रहल लाल कृष्ण आडवाणी के दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। एम्स में डॉ. अमलेश सेठ के देखरेख में उनुकर इलाज भईल। ओह घरी आडवाणी के यूरोलॉजी विभाग में भर्ती करावल गइल रहे.
अपोलो अस्पताल एगो बयान जारी क कहलस कि 'भारत के पूर्व उपप्रधानमंत्री लाल कृष्ण आडवाणी के मेडिकल मैनेजमेंट अवुरी जांच खाती इंद्रप्रस्थ अपोलो अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करावल गईल बा।' उ डॉ. विनीत सूरी के देखरेख में बाड़े अवुरी फिलहाल उनुकर हालत स्थिर बा।
एह साल उनुका के देश के सर्वोच्च सम्मान भारत रत्न से सम्मानित कइल गइल.
लाल कृष्ण आडवाणी के जनम 8 नवम्बर 1927 के पाकिस्तान के कराची में भइल रहे। आडवाणी 8 नवम्बर के आपन 98वां जन्मदिन मनवले। आडवाणी 2002 से 2004 ले भारत के उपप्रधानमंत्री रहलें आ 1999 से 2004 ले केंद्रीय गृहमंत्री रहलें। लाल कृष्ण आडवाणी के देश के सर्वोच्च नागरिक सम्मान ‘भारत रत्न’ से सम्मानित कइल गइल. राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू मार्च में आडवाणी के आवास पर जाके ई सम्मान दिहलें। एह सम्मान समारोह में उपराष्ट्रपति जगदीप धनखर, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह आ आडवाणी के परिवार के लोग मौजूद रहले.