पीएम के घर पर भीड़ हमला, देखीं कइसे कुर्सी, पंखा आ एसी खोल के ले जाइल गइल, बेड शीट तक ना छोड़ल गइल...

बांग्लादेश में प्रधानमंत्री शेख हसीना के इस्तीफा के बाद भी प्रदर्शनकारी के नाराजगी शांत नईखे होखत जईसे ही प्रधानमंत्री देश छोड़ले, हजारों प्रदर्शनकारी उनुका सरकारी आवास गण भवन में घुस गईले अवुरी बहुत... तोड़फोड़ के काम भइल.
 
भीड़ गृहमंत्री के घर में भी लूटपाट कईलस। ढाका में प्रधानमंत्री पार्टी अवामी लीग के कार्यालय में भीड़ आग लगा दिहलस। जइसहीं ई खबर मिलल कि प्रधानमंत्री शेख हसीना दुपहरिया साढ़े दू बजे का आसपास सैन्य हेलीकाप्टर में देश छोड़ के चल गइल बाड़न. एकरा बाद हजारों प्रदर्शनकारी उनुका महल के ओर मार्च कईले। बहुत लोग अपना बेडरूम में घुस गईले।

केहू मेकअप के सामान लूट लिहलस त केहू कुर्सी-बक्सा ले लिहलस। बिछौना प बईठ के केहु सेल्फी लेत देखाई देलस, त केहु अलमारी तूड़त अवुरी हल्ला करत देखाई देलस।

गृहमंत्री के घर में आग लाग गईल
कुछ समय बाद खबर आईल कि भीड़ धनमंडी में गृहमंत्री असदुजमान खान के आवास प हमला क देलस। उहाँ भी भीड़ बहुत तोड़फोड़ कईलस। ओह लोग के घर से कुर्सी ले के फेंक दिहल गइल. उहो आग लगावे के कोशिश कईले। प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि हजारों प्रदर्शनकारी प्रवेश द्वार तोड़ के मंत्री आवास में घुस गईले। कुछ समय बाद उनुका घर के भीतर से धुआं आवत देखाई देलस। बहुत देर तक उनुका घर के भीतर भीड़ मौजूद रहे।

मंत्री सदन आ नेता लोग के निशाना बनावल गइल
एकरा बाद खबर आईल कि प्रदर्शनकारी ढाका के अवामी लीग कार्यालय प हमला क देले बाड़े। कार्यालय में आग लगा दिहल गईल बा। कई गो अउरी मंत्री आ नेता लोग के घर पर निशाना बनावल जा रहल बा. अधिकांश नेता अवुरी मंत्री लुका-छिपा के चल गईल बाड़े। दूसर ओर ढाका में भीड़ झंडा लहरावत राजधानी ढाका में खड़ा टंकी के ऊपर कुछ प्रदर्शनकारी चढ़ गईले।

Tags

Around the web