प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी स्कूली लड़कियन का साथे राखी पर्व मनवले

पीएम मोदी से एगो लईकी स्पेशल राखी बान्ह दिहलस। एह राखी में एगो खास संदेश के साथे एगो तस्वीर भी पोस्ट कइल गइल रहे
 
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी स्कूली लड़कियन का साथे राखी पर्व मनवले

आजु देश भर में राखी के पर्व पूरा जोश से मनावल गइल. पीएम मोदी भी देश के जनता के राखी प बधाई देले बाड़े। उ सोशल मीडिया प लिखले कि, भाई-बहिन के अपार प्रेम के प्रतीक राखी के त्योहार प सभ देशवासी के दिल से शुभकामना।

एह खास मौका प स्कूली छात्रा प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से राखी बांधली। एहमें से एगो विद्यार्थी पीएम के राखी बान्ह दिहलसि जवना पर ओकर महतारी के तस्वीर छपल रहे. फोटो में नरेंद्र मोदी अपना महतारी के गोड़ छूवत देखाई देतारे। पीएम मोदी भी लइकन से राखी बान्ह के ओह लोग से बातचीत कइले।

पीएम मोदी से एगो लईकी स्पेशल राखी बान्ह दिहलस। एह राखी में एगो खास संदेश के साथे एगो तस्वीर भी पोस्ट कइल गइल रहे। दरअसल ए राखी में पीएम मोदी के दिवंगत महतारी के तस्वीर रहे अवुरी ओकरा प 'माई के नाम प एगो पेड़' के संदेश लिखल रहे। बता दीं कि पीएम मोदी हालही में ‘एक पेड माँ के नाम’ अभियान शुरू कइले बाड़न, जवना में ऊ हर आदमी से एगो पेड़ लगा के धरती माई के सम्मान करे के अपील कइले बाड़न.

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह भी राखी के मौका प राखी के बधाई देले बाड़े। उ कहले कि, रक्षाबंधन के पावन पर्व प सभ देशवासी के हार्दिक शुभकामना। भाई-बहिन के अटूट प्रेम अवुरी स्नेह के ए त्योहार प सभके सुख अवुरी समृद्धि के प्रार्थना करतानी।"

केंद्रीय रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह भी बच्चा के संगे राखी मनवले। सम्विद गुरुकुलम बालिका सैनिक स्कूल के छात्रा राजनाथ सिंह से राखी बान्हले। राजनाथ सिंह राष्ट्रीय सैनिक संस्थान के उषा राणा से भी मुलाकात कईले। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू राखी के मौका पर राष्ट्रपति भवन में अलग अलग राज्य के छात्रन से भेंट कइलन. एही बीच केंद्रीय मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान अवुरी जयंत चौधरी भी मौजूद रहले।

Tags

Around the web