हादसा आजु : पटना में स्कूली लइकन के लेके जात टेम्पो से ट्रक के टक्कर, चार गो के मौका पर मौत; नौ गो घायल हो गइल बाड़े

दुर्घटना के बाद खिसियाइल लोग सड़क जाम क के हंगामा मचावे लगले। लोग ट्रक चालक के गिरफ्तारी के मांग करे लगले। एकरा बाद पुलिस जनता के शान्त क देलस। लोग के कहनाम बा कि ट्रक चालक के लापरवाही के चलते इ दुर्घटना भईल।
 
हादसा आजु : पटना में स्कूली लइकन के लेके जात टेम्पो से ट्रक के टक्कर, चार गो के मौका पर मौत; नौ गो घायल हो गइल बाड़े

पटना के बिहता में भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में चार बच्चा के मौत हो गईल। आठ गो बच्चा आ टेम्पो चालक के हालत गंभीर बा. शुक्रवार के दुपहरिया में सब बच्चा सनराइज स्कूल से टेम्पो में घरे लवटत रहले। एही बीच एगो तेज रफ्तार ट्रक ओकरा के टक्कर मार दिहलस। टक्कर एतना भयंकर रहे कि टेम्पो के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। घटना के बाद इलाका में दहशत मच गईल। पास में लोग के भीड़ रहे। इहाँ सूचना मिलते पुलिस मौका प पहुंचल अवुरी स्थानीय लोग के मदद से घाही के अस्पताल में भर्ती करावलस। सब लइका दूसरा से पांचवीं तक के रहे। सभे के उमिर सात से दस साल के बीच बा।

 बिहता से लइका-लइकी कन्हौली की ओर जात रहे

इहाँ ए घटना से खिसियाइल लोग सड़क जाम क के हंगामा मचावे लगले। लोग ट्रक चालक के गिरफ्तारी के मांग करे लगले। एकरा बाद पुलिस जनता के शान्त क देलस। मामला के जांच खाती दानापुर के डीएसपी 2 पंकज मिश्रा अपना टीम के संगे पहुंचले। गांव के लोग के कहनाम बा कि चालक टेम्पो में बच्चन के संगे बिहटा से कन्हौली के ओर आवत रहे। एही बीच बिहार के ओर जात एगो ट्रक सामने से टकरा गईल। एहमें चार गो बचवन के मौका पर मौत हो गइल.

Tags

Around the web